Menu
blogid : 14057 postid : 1115330

छठी मईया हो /

मेरी आवाज़ सुनो
मेरी आवाज़ सुनो
  • 104 Posts
  • 421 Comments

छठी मईया हो , मोरे छठी मईया हो /
अब तोहरे भरोषे भविष्य बा बिहार के /
अब तूही लगइबू पार नइया बिहार के /

मोदी जी अइले , आशा जगइले /
दिहले पैकेज दिल खोल के /
लोगओं आइल , उनके सुनलख /
लेकिन भोटवा देहलख चारा चोर के /

छठी मईया हो , मोरे छठी मईया हो /
अब तोहरे भरोषे भविष्य बा बिहार के /
अब तूही लगइबू पार नइया बिहार के /

सुशासन बाबू पीछे रह गइले /
लोगवा चोर के हीरो बनइले /
मुअल कांग्रेस फेर जी उठल /
हमनी के माथा शरम से झुकल /

छठी मईया हो , मोरे छठी मईया हो /
अब तोहरे भरोषे भविष्य बा बिहार के /
अब तूही लगइबू पार नइया बिहार के /

शुरू हो गइल अपहरण, डकैती /
कइसे होइ बिहार के उनती /
फेर से जंगलराज ना आवे /
भक्त तोहार माँ ई अरजी लगावे /

छठी मईया हो , मोरे छठी मईया हो /
अब तोहरे भरोषे भविष्य बा बिहार के /
अब तूही लगइबू पार नइया बिहार के /

images (5)

Read Comments

    Post a comment

    Leave a Reply